Global media Update tech Update & Automobile Life Style & Entertainment

पटना, अप्रैल २०२५ — मगही भाषा, संस्कृति, विरासत आ कला के बढ़ावा देवे के उद्देश्य से ५ अप्रैल २०२५ के पटना के गर्दनीबाग स्थित बापू टावर में एक दिवसीय मगही महोत्सव के आयोजन कइल जाई। ई आयोजन मगध क्षेत्र के सांस्कृतिक धरोहर के राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय मंच पर पहचान दिलावे के दिशा में एक महत्वपूर्ण कदम साबित होई। केंद्रीय सूक्ष्म, लघु एवं मध्यम उद्योग मंत्री श्री जीतन राम मांझी ए महोत्सव के उद्घाटन करथिन।
महोत्सव के संयोजन करत बाड़ें रविशंकर उपाध्याय, डॉ. उज्ज्वल कुमार, विजेता चंदेल आ चंदन द्विवेदी, जे गुरुवार के एक प्रेस कॉन्फ्रेंस में कार्यक्रम के विस्तृत जानकारी देले रहथिन। ऊ बतवले कि मगही भाषा, जेकरा अबले गाँव-देहात के भाषा मानल जाला, ओकरा के अब देश-दुनिया में पहुँचावे के प्रयास तेज हो चुकल बा।
ए आयोजन के तारीख सम्राट अशोक के जयंती के अवसर पर रखल गइल बा, ताकि मगध के ऐतिहासिक गौरव आ सांस्कृतिक धरोहर के सम्मान मिल सके। महोत्सव में मगध के इतिहास, पुरातत्व, उद्यमिता, लोककला, संगीत, सिनेमा आ साहित्य के एक मंच पर लावल जाई, जे ए क्षेत्र के विविधता आ गहराई के प्रस्तुत कर सके।


Amazon: दुनिया का सबसे बड़ा ऑनलाइन शॉपिंग प्लेटफॉर्म, जहां आपको बेहतरीन डील्स और विश्वसनीय प्रोडक्ट्स मिलते
मगही महोत्सव ५ अप्रैल के सुबह ९ बजे से शुरू होके संझा ७ बजे तक चलत रही।
महोत्सव में संगीत के शौकीन लोग ला एगो बेहतरीन अनुभव होई। गया घराना के प्रसिद्ध ख्याल आ ठुमरी गायक श्री राजन सिजुआर मंच पर आपन सुर से समां बाँध दीहीं।
डॉ. उज्ज्वल कुमार बतवले कि मूल रूप से ई महोत्सव लोकभाषा दिवस पर होखे वाला रहल, बाकिर कुछ कारण से तारीख बदले के पड़ल। ऊ बतवले कि अगिला साल से मगही महोत्सव हर साल लोकभाषा दिवस के दिन ही आयोजित कइल जाई।
ए महोत्सव के माध्यम से स्थानीय कलाकार, लेखक, शोधकर्ता आ उद्यमी के एक मंच मिली, जहाँ ऊ आपन रचनात्मकता आ विचार के साझा कर सकीहें। ए आयोजन से मगध के सांस्कृतिक धरोहर के संरक्षित करे, ओकरा के नया पीढ़ी तक पहुँचावे आ ओकरा के वैश्विक पहचान दिलावे में मदत मिली।
जैसन कि संयोजक मंडली कहत बा — “मगही अब बोल के भाषा भर ना, बलुक एक पहचान, एक धरोहर बन चुकल बा। एह महोत्सव से ई संदेश जाई कि हमनी के भाषा, संस्कृति आ इतिहास के गर्व से जियावल जाए।”
(रिपोर्ट: मगही समाचार डेस्क, पटना)
Auto Amazon Links: No products found.